दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

पतोहिए मालिक बनल बिया

कविता

राजेंद्र राज

2/22/20261 min read

पतोहिए मालिक बनल बिया

पेट काट पढ़ौली बबुआ के

माई कहत बिया

अईसन जमाना आईल पतोहिए

मालिक बनल बिया

भारत आपन रह के भी

ब्रिटिश के राज रहे

वोईसे घर में राज पतोहिया

हुकुम चलावत बिया

दिन दुनिया देखत बाटे पर

केहू ना कुछ बोले

घर घर एक ही हाल भइल बा

जरेला सब कर जिया

बेटा परल बा दुविधा में

राह न तनिक बुझाता

तोहरो अईसने नौबत आई

जवन बोअत बाडू बीया

अब से हो समझावत बानी

समझ ल ए तू कनिया

बैठ अकेले झख मरबू तू

परदेशी बन जाई पिया

एतना मत हो राज चलाव

बदल ल आपन रहनिया

ना त नईहरे दिन बीत जाई

बजई ह खूब हरमूनिया

राजेंद्र राज

चंदन नगर, हुगली

कोलकाता

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation