दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )
परिचय
डॉ पारुल तोमर
सुनील कुमार यादव
2/14/20261 min read


परिचय
डॉ पारुल तोमर
जन्म - १२ जनवरी १९७३
हिसामपुर, जनपद - बिजनौर उ.प्र.
शिक्षा - एम० ए०, पीएचडी हिन्दी
कार्यक्षेत्र -
इहां के साहित्य आ चित्रकला के क्षेत्र में सक्रिय बानी । साहित्य के लगभग मए विधा में रचनाशीलता ।
प्रकाशित कृति-
एगो कविता संग्रह 'संझाबाती' २०१९ में प्रकाशित भइल बा ।
एकरा अलावा लगभग मए प्रमुख राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय पत्र - पत्रिकन में रचना आ रेखाचित्र प्रकाशित भइल बा ।
अलग - अलग सांझा संग्रहन में संस्मरण, आलेख, व्यंग्य लेख आ कविता संकलित औरी आकाशवाणी से रचना आ साक्षात्कार प्रकाशित, प्रसारित भइल बा ।
इहां के भारतीय शिक्षा बोर्ड खातिर प्रस्तावित पुस्तकन खातिर रेखाकंन कइले बानी ।
ऑक्सफ़ोर्ड यूनिवर्सिटी प्रेस से भारत में प्रकाशित आ एन. सी. ई.आर. टी. द्वारा प्रस्तावित पाठ्क्रम ( राष्ट्रीय पाठ्यचर्या - 2022 - 23 ) के अंतर्गत सी. बी. एस. ई. आ आई.सी. एस. ई. के पाठ्यक्रम खातिर हिन्दी विषय के पाठ्य पुस्तकन में कविता आ आलेख आइल बा ।
सूर सागर के चौपाइयन प आधारित, 12 बाल कृष्ण आकृतियां,
कविताकोश के वार्षिक कैलेंडर 2022 में प्रकाशित
पुरस्कार आ सम्मान-
विभिन्न साहित्यिक, सांस्कृतिक आ कला मंचन से सम्मानित - पुरस्कृत ।
वर्तमान में इहां के स्वतन्त्र लेखन आ चित्रकारिता क रहल बानी ।
ईमेल - parulvineet@gmail.com
दीया बाती के जनवरी - मार्च अंक के आवरण इहें के बनवले बानी.
