दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

नीयत

ग़ज़ल

कृष्णदेव घायल

12/20/20251 min read

ग़ज़ल

नीयत

केहु कहलस कि पूरा अरमान हो गइल

आधिरतिये बुझाइल बिहान हो गइल

जवन पोंसल रहल बा नन्हइयें से ऊ

कल्ले कल्ले सपनवाँ सेयान हो गइल

साँच के साथ धइले उमिर चलि रहल

झूठ बोलल ऊ मनई महान हो गइल

का पता कब्बों खाले ढकेलिये दिहें

पोढ़ अतना भरोसा, बेजान हो गइल

पी के असरा के पानी जियल जा रहल

खाके धोखा जिनिगिया जियान हो गइल

थूकि के चाटि के फेरु थूकल - चाटल

का कहल जाउ बेहया के खान हो गइल

टेढ़ नीयत लगे जइसे धनुहीं 'घायल'

बात हियरा के बिषिआइल बान हो गइल

कृष्णदेव घायल

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation