दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

मितवा

गीत

शिवजी पाण्डेय 'रसराज'

7/20/20251 min read

1.

मितवा

उभ चुभ मन कइसे, लिही साँस मितवा ।।

दुनिया दारी गरवाँ, फाँस मितवा ।।

नेह-नाता झूठ लागे, झूठे कुल-खूँट लागे ।

करिं केकरा पर अब, बिसवास मितवा ।।

सुखवा के साथी सभे, दुखवा में मुँह मोड़े

छनहीं छने करे उपहास मितवा ।।

अइसन बहुरूपिया कि, रूप बदले बार बार

होखहूँ न देला, आभास मितवा ।।

ठग हs ठगेला सबके, छोड़े नाहीं केहुए के

गली - गली एकरे, निवास मितवा ।।

कुछऊ ना सूझे मोरा, घर-अंगना दुअरा

लगे 'रसराज' सगरे, उदास मितवा ।।

2.

जमाना

खेती बारी बेचि- खोंचि के, जाके शहरे बसि गइलन ।

जबसे गइलन भईया हमरो, लवटि के घरवा ना अइलन ।।

ना तिकवेलें कबो भुलइलो, गउवाँ आपन बा की ना ।

चाचा-चाची भाई-भतीजा, माई -बाबू बा की ना ।

रिस्ता नाता सब छूटि गइले, करनी धरनी खा गइलन ।।

पढ़ल लिखल के मतलब का ह, गउवें छोड़ि के चलि जाईं

संगी-साथी नियरा-ओहटा, देखते ओके जलि जाईं

ढेर कमइला के कुंठा में, सब कुछ आपन गवाँ गइलन ।।

रोवे माई पोता -पोती, कइसे हमके चिन्हिहें

दादी कहि-कहि गोदिया आके, कवना घड़ी बइठिहें

कहे 'रसराज 'जमाना बदलल, रीति रिवाज़ भुला गइलन ।।

शिवजी पाण्डेय 'रसराज'

मैरीटार, बलिया

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation