दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

दुख के गठरी

ग़ज़ल

राम नाथ बेख़बर

12/20/20251 min read

ग़ज़ल

दुख के गठरी

मन में धधकत अगन के बुतावे परी

दुख के गठरी भी हँस के उठावे परी

घाव इक दिन भरी ई भरोसा रखीं

रोज मरहम समय पर लगावे परी

घाम पानी से चाहीं ले बाँचे अगर

अपना अँगना में छान्ही छवावे परी

दूर तहरा से भइला पे फाटे हिया

लौट के जल्दिये तहरा आवे परी

दोस्त बनला के हमरा इहे शर्त बा

दोस्ती के फरज बस निभावे परी

राम नाथ बेख़बर

कोलकाता

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation