दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

चहकत चिरइयां के पर कतराइल

तबो ना कसइया के हियरा जुडाइल, चहकत चिरइयां के पर कतराइल

मोहन जी श्रीवास्तव

5/3/20261 min read

चहकत चिरइयां के पर कतराइल

तबो ना कसइया के हियरा जुडाइल

चहकत चिरइयां के पर कतराइल

तबो ना कसइया के हियरा जुडाइल

उहो रहे क्वनो एगो माई के बेटी

भरि - भरि उड़नवा आकाशवा समेटी

ऊपरे से धई के उ नीचे खिंचाईल

तबो ना कसइया के हियरा जुडाइल

चहकत चिरइयां के पर कतराइल

तबो ना कसइया के हियरा जुडाइल

नोचि - नोचि पाँखि ओकर देहिया उघरलस

एक- एक छन में सई - सई बार मरलस

तनिको बेदरदा के दरद ना बुझाइल

चहकत चिरइयां बलाते मराइल

तबो ना कसइया के हियरा जुडाइल

मोहन जी श्रीवास्तव

सम्प्रति : प्रबंध संचालक - सत्यांश उपक्रम प्राइवेट लिमिटेड

अध्यक्ष - ट्रू आईज फाउन्डेशन

प्रबंधक - श्री दयालु बाबा सत्य नयन इंटरमीडिएट कॉलेज

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation