दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

पहिले अस अगराई कइसे

ग़ज़ल

डॉ. कादम्बिनी सिंह

7/25/20251 min read

ग़ज़ल

पहिले अस अगराई कइसे

मन के मइल धोवाई कइसे

जे बैनन का बीच गंथल

ऊ बैन के बान चलाई कइसे

जारि के करिखा काहे कइले

माटी अब पियराई कइसे

लागत बा बहि जाई गंउआं

बरखा आजु पटाई कइसे

लड़काई के गोटी खेलल

चउथापन बिसराई कइसे

जेकरा खातिर जवन धइल बा

ओसे बेसी पाई कइसे

डॉ. कादम्बिनी सिंह

शिक्षिका आ लेखिका

सह सम्पादक

दीया बाती

सचल दूरभाष- 9415681901

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation