दीया बाती ( भोजपुरी, तिमाही, ई - पत्रिका )

मेहनतकस किसान

कविता

डॉ जनार्दन चतुर्वेदी 'कश्यप'

7/15/20251 min read

मेहनतकस किसान

जेठ के लपलपात दुपहरी में

गाँव के अमराई में

कवनो घन तरु के छाईं में

बाँस के

टुटही खाट पर

गुदरी बिछा के

देहन अलसा के

भुखाइल पेट

उघारे-निघारे

अगर केहू सूतल होई

s ऊ कवनो गरीब ना

बलुक नेवर के खान होई,

गाँव के गोंयड़े के

कवनो मेहनतकस किसान होई ।

निछाछ निफीकिर

आसमान में

गदराइल मेघन के

गरजला से बेपरवाह

मन में धइले

एगो अजीब से चाह

पाँक से लेभराइल राह पर

लंगे देहि लंगे पाँव

डर के दूर फेंकत

मेहनत के मिठास के

करमठता से जोरत

अगर केहू

बढ़ल जात होई

s ऊ कवनो

पागल-सनकी ना

बलुक करमजोगियन में

महान होई,

गाँव के गोंयड़े के

कवनो मेहनतकस किसान होई ।

पूष-माघ के हाड़ कँपाऊ

सीत में

हरियरी से लहलहात

खेतन के पिरीत में

सीत के निहारत

सीतलहरी के दुतकारत

खेते के डंडार पर

अलाव जरवले

आँखिन में

असरा के फूल उगवले

अगर केहू बइठल होई

s ऊ कवनो हठी ना

बलुक आस में

जीये वालन के

सान होई,

गाँव के गोंयड़े के

कवनो मेहनतकस किसान होई ।

डॉ जनार्दन चतुर्वेदी 'कश्यप'

राजपूत नेवरी, भृगुआश्रम

बलिया (उत्तर प्रदेश)

सचल दूरभाष - 9935108535

दीया बाती में छपल लेख
सोशल मीडिया पर भी पढ़ल जा सकेला

जय भोजपुरी, जय भोजपुरिया

सम्पादक - डॉ राजेन्द्र भारती

पत्रिका मंगवावे खातिर

diyabati1894@gmail.com

7007319538, 9839159190

© 2025. All rights reserved/दीया बाती

Website Designed by - Rare Air Foundation